सावन का महीना में वेलकम काँवरिया

भोजपुरी सिनेमा के बादशाह दिनेश लाल यादव निरहुआ के म्यूजिक कंपनी निरहुआ म्यूजिक अपना पहिला प्रस्तुति का रुप में सावन का मौका पर वेलकम काँवरिया नाम के म्यूजिक अलबम निकलले बा जवन आजकल धूम मचवले बा. श्रोता दर्शक एह अलबम के जोरदार स्वागत कइले बाड़े. आ बाबा के नगरिया देवघर से ले के यूपी, बिहार, पंजाब हर जगहा के भोजपुरिया श्रोता आ शिव भक्त एकरा के पसन्द कइले बाड़े.


अलबम वेलकम काँवरिया के थीम लोग के खास कर के पसन्द आ रहल बा जवना में देवघर के पूरा कहानी फिल्मावल गइल बा. अलबम खातिर भोजपुरी सिनेमा के नामी कलाकार काम कइले बाड़े. निरहुआ खुद शिवजी के रुप धइले बाड़न त पाखी हेगडे माता पार्वती के. एह लोग के देख के दर्शक रोमांचित हो जात बाड़े मानो साक्षात शिवे पार्वती सोझा आ गइल होखसु लोग.

निरहुआ आ इन्दू सोनाली के आवाज से सजल एह अलबम के बिक्री सावन का पहिलही से धुँआधार हो रहल बा आ सावन में त बुझात बा कि बिक्री के सगरी रिकार्ड टूट जाई.


(स्रोत : प्रशान्त निशान्त)

1 Comment

  1. omprakash amritanshu

    खुशी के बात बा कि दिनेश लाल यादव निरहुआ आपन म्यूजिक कंपनी निरहुआ म्यूजिक
    खोललें बाडन.उम्मीद बा नया -नया प्रतिभा शाली गायक लोगन के मौका मिली .
    गीतकार
    ओ.पी अमृतांशु .

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।