सावन -सिसक गइल बा

– डॉ राधेश्याम केसरी


ढहल दलानी अब त सउँसे, पुरवइया क झांटा मारे,
सनसनात ठंढा झोका से, देहिया काँप गइल बा।

मेजुका-रेवां गली- गली में, झेंगुर छोड़े मिठकी तान,
रोब गांठ के अँगनैया में, डेरा डाल गइल बा!

बइठ मचाने देके थपरी, दादी हुलें- सिवान।
तब्बो चिरई नइखे भागत, पँखवा तोड़ गइल बा।

सन किरवा क चमक दमक त, आग- सरीखा लागे ला।
पकड़-पकड़ हाथे से ओके, हथवा लहक गइल बा।

रोज निहारीं बदरा-बदरा, चँदा कब्बो ना लउकल!
केतना देखीं ऊपर-नीचे, अँखियाँ उब गइल बा।

अरूआइल चेहरा क लेखा, दुपहरिया अब लागेला।
लाल बुझक्कड़ हमें बताके, पियवा सरक गइल बा।

मनवा त सावन में बाउर, केहू पार न पावे ला।
बन- ठन के बौराइल जिउवा, सगरो- झेल गइल बा।

जरत पेट पर पत्थर बँधली, तब्बो साँझ सतावेला।
दहकत- आग बुतावे ख़ातिर, सावन-सिसक गइल बा!


ग्राम, पोस्ट-देवरिया
जिला-ग़ाज़ीपुर, (यूपी)
मोबाइल 9415864534
rskesari1@gmail.com

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *