साहित्य सृजन के तपः पूत डॉ॰ बच्चन पाठक ‘सलिल‘

Salil-samman
जमशेदपुर भोजपुरी साहित्य परिषद पिछला 18 अक्टूबर के बिष्टुपुर का तुलसी भवन में साहित्य सृजन के क्षेत्र में जानल मानल आ शहर के हिन्दी आ भोजपुरी के साहित्यकार डॉ॰ बच्चन पाठक ‘सलिल‘ के अमृत महोत्सव मनावल गइल.

महोत्सव में डॉ॰ बच्चन पाठक सलिल के प्रयत्न के साहित्य, सेवा, संस्कृति आ संस्कार शहर के विरासत में निर्मित करे के बात समाजसेवी ए.के.श्रीवास्तव कहले त हरिवल्लभ सिंह आरसी डॉ॰ सलिल के तपःपूत से विभूषित कइले. सरोज कुमार मधुप, यमुना तिवारी व्यथित अपना रचना से महोत्सव के समां में चार चॉद लगवले.

एकरा अलावे भोजपुरी साहित्य परिषद के मुख्य पत्र ‘लुकार‘ के 40 वॉ अंक डॉ॰ बच्चन पाठक सलिल के अभिनन्दन करत बा. ई अंक खाली डॉ॰ सलिल के खूबिए के बखान करत बा. जेकरा में अखिल विश्व भोजपुरी विकास मंच अध्यक्ष बी॰एन॰ तिवारी (भाई जी भोजपुरिया) के लिखल सम्पादक के शुभकामना संदेशो बहुत मार्मिक बा.

एह मौका प शहर के जानल मानल साहित्यकार आ कवि मंजु ठाकुर, ममता सिंह, वीणा पाण्डेय, शकुंतला शर्मा, उदय प्रताप हयात, अरूण कुमार अरूणेन्दु, अमित रंजन पांडेय, श्यामल सुमन, डॉ॰ नरेन्द्र कुमार सिंह, डॉ॰ उमेशजी ओझा, संजय पाठक, कैलाशनाथ शर्मा, उमेश चतुर्वेदी, कंवलेश्वर पांडेय, कन्हैया सिंह सदय, पी.एन. सिंह अगाध आ प्रकाश चन्द्र उपस्थित रहलें.

डॉ॰ बच्चन पाठाक ‘सलिल‘, जमशेदपुर

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।