साहेब अब तारीखो पर सिवान ना आ पइहें

पत्रकार राजदेव रंजन के हत्या के सुराग सिवान जेल तक गइला क बाद सिवान के खूनख्वाह नेता, राजद सांसद रहल शहाबुद्दीन के सिवान जेल से हटा के भागलपुर जेल भेज दीहल गइल बा। अब उनका के कोर्ट का तारीखो पर सिवान ना ले आवल जाई सरकार अइसनका फैसला कइले बिया।

एह फैसला से सिवान के लोग राहत के साँस ले सकेला बाकिर खस्सी के माई कब ले खर जिउतिया मना पाई।

लालू का सहारा पर जिंदा नीतीश के सरकार कहिया ले साहेब के बान्ह के रख पाई। आ जहिया साहेब सिवान आ जइहैं तहिये हिसाब बरोबर कइल शुरू कर दीहें।

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..