सिंगर से एक्टर बने का राह प राजवीर सिंह राजपूत

R_Rajputसिंगर से एक्टर बने वालन में अब एगो अउर नाम जुड़े जात बा आ ई नाम ह राजवीर सिंह राजपूत के. इंग्लिश एल्बम ‘जर्नी ऑफ़ लाइफ’ में आपन अभिनय कौशल देखा चुकल राजवीर अब जल्दिए भोजपुरी एल्बम ‘तहरा कहक के मारब’ में मुख्य किरदार के भूमिका निभावत नजर अइहें.

आर० एस० बैनर में बनल एल्बम ‘तहरा कहक के मारब’ के निर्देशन राज कुमार करत बाड़न आ निर्माता हउवेॆ एन० कुमार. एह एल्बम के शूटिंग मुम्बई के रत्नादीप स्टूडियो में कइल गइल. एह पूरा तरह से पारिवारिक एल्बम में समाज के अत्याचार के कहानी बतावल गइल बा.

समाज में बदलाव लाए वाली एह एल्बम से अपना एक्टिंग कॅरिअर क शुरुआत करत नवोदित एक्टर राजवीर सिंह राजपूत बिहार के रहे वाला हउवें आ बैंगलोर से पढाई कइला क बाद राजवीर थिएटरो कइलन आ साथ ही साथ कई एक सीरियलो.

एह एल्बम में संगीतो राजवीर के बा. कुल आठ गो गाना बाड़ी सँ जवनन के रचले बाड़ें संजीत कुमार निर्मल आ राजवीर.

निर्माता एन कुमार, निर्देशक राज वर्मा, गीतकार संजीत कुमार निर्मल, संगीतकार राजवीर सिंह राजपूत, कैमरामैन राहुल सक्सेना, कोरिओग्राफर संतोष सर्वदर्शी, एक्शन डायरेक्टर मंगल फौजी, आ ईपी रवि दुन्ना.

मुख्य कलाकार बाड़ें राजवीर सिंह राजपूत, कश्मी विश्वास, अंजलि यादव, सोनल कौर वगैरह.


(संजयभूषण पटियाला)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।