सिंगापुर में भोजपुरी के अलख जगावत कार्यक्रम

Sugrim Mishra felicitating Rakesh at Singaporeहालही में सिंगापुर में आयोजित भोजपुरी सोसायटी के कार्यक्रम में समिति का आमंत्रण पर शामिल होखे गइल गोरखपुर के रहे वाला आ भोजपुरी के मशहूर गायक राकेश श्रीवास्तव भोजपुरी गीत आ भजन के गायकी से सिंगापुर में बसल पूरबिया लोगन के मंत्रमुग्ध करके लवटल बाड़े.

लवटला का बाद राकेश श्रीवास्तव बतवले कि सिंगापुर में पूर्वाचल के लाखों भोजपुरिया लोग अपना सांस्कृतिक संगठनन का माध्यम से भोजपुरी संस्कृति के अलख जगा के रखले बाड़े, ऊ लोग विदेश में रहला का बावजूद अपना भोजपुरी संस्कृति से नेह लगवले रखले बा. राकेश श्रीवास्तव के गायकी भोजपुरी सोसायटी, श्री लक्ष्मी नारायण मन्दिर, आर्यसमाज मन्दिर में आइल सभकर दिल जीत लिहलसि. सिंगापुर उत्तर भारतीय हिन्दू महासभा के 90 वें वार्षिकोत्सव आ गीता जयन्ती का अवसर पर एगो विशेष कार्यक्रम के आयोजन भइल जवना में राकेश पूरबी आ होली गीत पेश कर के खूब वाहवाही बिटोरले.

श्री लक्ष्मी नारायण मन्दिर में सुप्रसिद्व मानस मर्मज्ञ जगतगुरु रामभद्राचार्य जी राकेश के मानपत्र देके सम्मानित कइले. साथही भोजपुरी सोसायटी सिंगापुर के अध्यक्ष सुग्रीमो मिश्र राकेश के एगो स्मृति चिन्ह प्रदान करत सम्मनित कइले.

राकेश श्रीवास्तव का टीम के सदस्य आर्गन वादक कन्हैया श्रीवास्तव, ढ़ोलक वादक विजय नाथ मिश्रा, तबला वादक उत्तम प्रसाद मिश्रा आ पैड वादक कमल श्रीवास्तवो के स्मृति चिन्ह देके सम्मानित कइल गइल.

6 Comments

  1. arun kumar munna

    koi to nam kr rhah hai.

  2. प्रभाकर पाण्डेय

    बहुत-बहुत बधाई भाई राकेश श्रीवास्तवजी के। जय भोजपुरी।।

  3. malay mishra

    Rakesh g aapko bhaut bhaut badhai ho

  4. amritanshuom

    राकेश श्रीवास्तव जी के साथे-साथे टीम के सब सदस्य लोगन के बहुत -बहुत बधाई .

    ओ.पी.अमृतांशु

  5. santosh patel

    badhaee

  6. SUMAN

    बहुत -बहुत बधाई .

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..