सिंधू के हरा के सायना जीतली दुसरका स्वर्ण, श्रीकांत जीतलें रजत


गोल्ड कोस्ट, 15 अप्रैल (वार्ता). भारत के महिला शटलर सायना नेहवाल बहुप्रतीक्षित मुकाबले में ओलंपिक रजत विजेता पीवी सिंधू का खिलाफ एक बेर फेरु आपन दबदबा साबित करत 21वां राष्ट्रमंडल खेलन के आखिरी दिने अतवार के महिला एकल बैडमिंटन स्पर्धा के स्वर्ण पदक जीत लिहली आ एह खेलन में दू गो स्वर्ण अपना नामे करे वाली पहिलका भारतीय बैडमिंटन खिलाड़ी बन गइली.
एहसे पहिले ऊ मिश्रित टीम स्पर्धा के स्वर्ण पदक जीतले रही. साथही ऊ गोल्ड कोस्ट में अपना हर 12 मैचों में अपराजित बनल रहली. सायना का नामे 2010 दिल्ली राष्ट्रमंडल खेलन के स्वर्ण पदको बा.
महिला एकल के हाईवोल्टेज स्वर्ण पदक मुकाबला भारते के दू गो खिलाड़ी सायना आ सिंधू आमने सामने रहली, अनुभवी सायना 56 मिनट तक चलल एह मुकाबला में 21-18, 23-21 से जीत अपना नामे करत स्वर्ण पदक जीतली आ सिंधू का हिस्से रजत पदक आइल.

दोसरा ओर टीम स्पर्धा में मलेशिया के ली चोंग वेई के हरावे वाला कादम्बी श्रीकांत स्वर्ण पदक के एकल मुकाबला में ओह प्रदर्शन के दोहरा ना पवलें आ तीन गेम ले चलल कड़ा संघर्ष में ऊ वेई का हाथे 21-19, 14-21, 14-21 से मुकाबला हार गइले आ रजत से संतोष करे के पड़ल.
पुरूष युगल में सात्विकसेराज रैंकीरेड्डी आ चिराग शेट्टी के भारतीय जोड़िओ के स्वर्ण पदक मैच में हार का बाद रजत से संतोष करे के पड़ल. ई जोड़ी इंग्लैंड के मार्कस एलिस अउर क्रिस लैंगरिच से 13-21, 16-21 से हार गइल.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।