सिनेमा का दुनिया से :

श्वेता तिवारी के पहिलका आयटम नम्बर

श्वेता तिवारी जे आजु काल्हु “बिग बॉस सीहन ४” में शामिल बाड़ी अभिनेता चिराग पासवान के फ़िल्म ”वन एंड ओनली” में एगो आयटम नंबर करत नजर अइहें. आ जवना गाना पर ई आयटम नम्बर बा ओकरा के “मुन्नी बदनाम हुई” फेम गायिका ममता शर्मा गवले बाड़ी. गाना के बोल बा, ” कट्टो गिलहेरी चमक छल्लो रानी … आशिक को ऐसे ना तड़पाओ जानी …” आ एह छेड़ छाड़ भरल गीत में उनकर साथ दिहले बाड़न पंजाबी पॉप गायक दलेर मेहँदी.

पूरा जानकारीFilms4u.in पर पढ़ीं.


रामपुर के लक्ष्मण

भोजपुरी फिल्मों के सुपरस्टार अभिनेता रविकिशन आ निर्माता चंदन सिंह की जोडी एक बार फेर धमाल मचावे आ रहल बा एन. सी. इंटरप्राइजेज का बैनर तरे बनत भोजपुरी फिल्म ‘‘रामपुर के लक्ष्मण’’ लेके. एहसे पहिले ई जोडी ‘‘राम बलराम’’ जइसन सुपरहिट फिल्म दे चुकल बा. ‘‘रामपुर के लक्ष्मण’’ के निर्देशन करीहें हैरी फर्नाडिस, जे एकरा पहिले भोजपुरिया भईया, विधाता, भूमिपुत्र, आज के करण अर्जुन जइसन सुपरहिट फिल्म दे चुकल बाड़े. फिल्म में सुपरस्टार रविकिशन का साथे आधा दर्जन हॉट नायिका रहीहें अक्षरा, गुजन पंत, संगीता तिवारी, अनारा गुप्ता, कोमल ढिल्लन, आ दिव्या द्विवेदी.

पूरा जानकारीCineBhojpuri.com पर पढ़ीं.


0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *