सिनेमा भोजपुरी के चर्चित अदाकारा अक्षरा सिंह के जानदार जलवा

AkshraSingh-blueबहुते कम समय में आपन मजगर पहिचान बना लेबे वाली खूबसूरत अदाकारा अक्षरा सिंह दर्शकन के दिल पर आपन अमिट छाप छाप दिहले बाड़ी. आजु का दिन में अक्षरा सिंह भोजपुरी के सगरी हीरोवन का साथे काम करत बाड़ी. दिनेश लाल यादव संगे ‘दिलेर”, खेसारी लाल संगे “बलमा बिहार वाला”, अउर पवन सिंह संगे “ठोक देब” एहमें शामिल बाड़ी स.
.
जब उनकासे पूछल गइल कि एतना कम समय में एतना मजगर पहिचान के राज का बा त मुसुकियात अक्षरा के जवाब रहल,”हमरा माता पिता (नीलिमा सिंह – बिपिन सिंह) के आशीर्वाद आ माँ सरस्वती के सनेही साथ. एकरा साथही मिलल देखेवालन के भरपूर प्यार त हम कइसे ना अव्वल बनतीं? माते पिता हमरा कैरियर के सम्हारे वाला आ हमरा के दिशा निर्देश देबे वाला हउवें. आ हमरा धन आ असीम उर्जा के स्त्रोत बा हमरा दर्शक भाईयन के प्यार दुलार.”

अक्षरा सिंह के अभिनय से सजल एगो नारी प्रधान फिलिम ह “प्रतिघात”.


(भोजवुड न्यूज)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।