सिनेमा भोजपुरी के नयका स्टार चिंटू

Chintuअभिनेता प्रदीप पाण्डेय चिंटू भोजपुरी परदा के नयका स्टार बन के उगल बाड़न. हालिया प्रदर्शित ‘जीना तेरी गली में’ से बतौर नायक भोजपुरी परदा पर इंट्री मारे वाला चिंटू आजुके नवहियन के दिल के धड़कन बन गइल बाड़न, ‘जीना तेरी गली में’ सगरी बिहार में धमाल मचावत बिया. अनेके बड़का फिलिमन का सोझा रिलीज भइला का बावजूद “जीना तेरी गली में” बिहार में सगरो शानदार व्यवसाय करत बिया. एह फिलिम के सफलता चिंटू के सितारन के अगिला पाँत में ले आ दिहले बावे. एह फिलिम में चिंटू के अभिनय क बहुते सराहल जात बा.


(प्रशांत निशांत)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।