सिनेमा भोजपुरी जगत के संकटमोचक सुजीत तिवारी

SujitTiwariसिनेमा भोजपुरी जगत में आजुकाल्हु सी पी आई मूवीज के सुजीत तिवारी चरचा के आदमी बन गइल बाड़ें. एह फिल्मी दुनिया से सुजीत तिवारी के पुरान नाता ह काहे कि ऊ कई पीढ़ी से एह से जुड़ल बाड़ें. सुजीत के दादा जी स्व॰ रामायण तिवारी के भोजपुरी सिनेमा के जनक मानल जाला. अपना व्यवसाय में व्यस्त रहला का बावजूद सुजीत तिवारी सिनेमा भोजपुरी के दुनिया में एगो नया प्रयोग शुरू कइलन आ कवनो कारण से अटकल बढ़िया फिलिमन के सिनेमाघर ले चहुँपावे के फैसला कइलन. हालही में रिलीज आ सफलता के परचम लहरावत “गंगा जमुना सरस्वती” ओही फिलिमन में से एगो ह. एह फिलिम के सुजीते तिवारी का कोशिश से रिलीज कइल जा सकल. सुजीत तिवारी एह फिलिम के संकटमोचक बन गइलें आ भोजपुरी फिल्मोद्योग एह बात के स्वागत कइलसि.

रवि किशन अपना साप्ताहिक स्तम्भ में सुजीत तिवारी के भोजपुरी फिलिमन के संकट मोचन करार दिहले आ कहले कि एह कदम से भोजपुरी फिल्म जगत के मान सम्मान बढ़ी. मनोजो तिवारी सुजीत तिवारी के तारीफ करत कहलन कि उनकर काम करे के शैली आ सिनेमा भोजपुरी के सम्मान भाव से एह उद्योग के बहुते हिम्मत मिलल बा. अइसनका मजबूत खंभा मिलला से भोजपुरी फिलिमन के मान बढ़ी. दिनेश लाल यादव निरहुआ सुजीत तिवारी के तारीफ करत उनका के भोजपुरी सिनेमा जगत के गौरव बतवले. कहलन कि उनका ला खुशी के बात बा कि सुजीत तिवारी उनुका कई फिलिमन से जुड़ल बाड़ें.

एह चरचा का बीच सुजीत तिवारी के कहना बा कि ऊ बढ़िया फिलिमन खातिर हमेशा एह तरह के संकटमोचक बने के जिम्मेदारी लेबे ला तइयार बाड़ें.


(प्रशांत निशांत)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।