सिवान में भोजपुरी कवि सम्मेलन

बिहार के भोजपुरी अकादमी अपना नयका अध्यक्ष प्रो॰ रविकांत दूबे का कार्यकाल में बहुते सक्रिय हो गइल बिया आ राज्य के कई जगहा पर कवि सम्मेलन आयोजित हो रहल बा. पिछला हफ्ता बेतिया के राज इन्टर कालेज में अइसने कवि सम्मेलन भइल रहे जवना में भोजपुरी के संविधान के आठवीं अनुसूची में शामिल करावे के पुरजोर माँग कइल गइल. एह सम्मेलन में बिहार भोजपुरी अकादमी के उपाध्यक्ष डा॰ गुरुचरण सिंह, डा॰ जयकांत सिंह, डा॰ जीतेन्द्र वर्मा, डा॰ महामाया प्रसाद, विधायक आ मुख्य अतिथि रेणु देवी, सुरेश गु्प्ता संचालक, डा॰गोरख मस्ताना संयोजक, वगैरह शामिल रहलें, सिवान में आजु होखे जा रहल कार्यक्रम के उद्घाटन विधायक विक्रम कुँवर करीहें. संयोजक बाड़े डा॰ जीतेन्द्र वर्मा. कार्यक्रम के अध्यक्षता प्रो॰ रविकांत दूबे करीहें. एह कवि सम्मेलन में प्रदेश आ जिला के मशहूर कवि शामिल हो रहल बाड़े.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..