सिविलसर्जन का खिलाफ डाक्टरन के मोर्चा बंदी

पिछला दिने सिवान का निजी नर्सिंग होमन पर पड़ल छापामारी से नाराज डाक्टर आईएमए का बैनर तले एकजुट हो के सिविल सर्जन का खिलाफ मोर्चा खोल दिहले बाड़न. एह लोग के आरोप बा कि छापा मारे वाली टीम पाँच लाख रुपिया के घूस मँगलसि आ ना दिहला पर छापामारी कइल गइल. डाक्टरन के कहना बा कि सिविल सर्जन आ ड्रग इंसपेक्टर मिलीभगत कर के डाक्टरन के तरह तरह से हड़कावत रहेलें आ गिरफ्तारी के धमकी देके दोहन के कोशिश होखत रहेला.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।