सीपी भट्ट के कामेडी के जलवा

C.P.Bhatta
भोजपुरी सिनेमा के कामेडी कलाकार सीपी भट्ट अब कवनो परिचय के मोहताज नइखन रह गइल. पिता आ भाई रंगमंच से जुड़ल रहलें से सीपी के कलाकारी विरासत में मिलल. सीपी भट्ट अभिनीत फिल्मन के नाम गिनावल जाव त लमहर लिस्ट बन जाई. साथ ही सीपी भट्ट छोटको परदा पर ओतने शिद्दत से जुड़ल बाड़े. बड़की मलिकाईन समेत कई गो धारावाहिकन में काम कर चुकल बाड़े ऊ. अतने ना सीपी भट्ट हिन्दी फिल्मन में आ धारावाहिकनो में काम कर चुकल बाड़े. भोजपुरी के शायदे कवनो स्टार होखीहें जेकरा साथे सीपी काम ना कइले होखस.


(स्रोत : प्रशान्त निशान्त)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।