सीबीआई कोर्ट में वकीलन के हंगामा

एगो लॉ कालेज के मान्यता देबे खातिर घूस लेबे का आरोप में पकड़ाइल एगो बार काउन्सिल सदस्य का खिलाफ सुनवाई करे वाला सीबीआई न्यायाधीश का खिलाफ कोर्ट में वकील नारेबाजी कइलन आ गालीगुप्ता कइलन. बार काउन्सिल मेंबर राजेन्द्र सिंह राणा के जमानत कोर्ट खारिज कर दिहलसि. बाद में पुलिस के अइला का बाद केहू तरह वकील लोग के शान्त करावल जा सकल आ न्यायाधीश तब अपना चेंबर से बाहर निकल पवलन.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..