सीबीआई से डेरवावत बिया भाजपा – कहलन रामगोविन्द


बलिया, 30 मार्च (वार्ता). उत्तर प्रदेश विधानसभा में नेता प्रतिपक्ष रामगोविन्द चौधरी शुक का दिने बांसडीह में अपना गोल के कार्यकर्तन के बइठक के संबोधित करत कहलें कि देश आ प्रदेश के भाजपा सरकार खाली झूठ आ फरेब का बल पर चलत बिया. एह लोग के कहला आ कइला में बहुत फरक बा. अपना विरोधियन के ई लोग सीबीआई के डर देखवावत बा.
भाजपा पर वादाखिलाफी के आरोप लगावत रामगोविन्द चौधरी कहलन कि भाजपा सरकार जनता से कइल अपना वादन पर अमल नइखे करत. योगी सरकार में सूबा में अपराध के बोलबाला हो गइल बा आ कानून व्यवस्था खतम हो गइल बा.
चौधरी अपना सपा कार्यकर्तन के लोकसभा चुनाव 2019 का तइयारी में लाग जाए के गोहारो लगवलन.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।