सीबीएसई बोर्ड के 12वीं के परीक्षार्थियन ला राहत के खबर


दिल्ली हाई कोर्ट आजु सीबीएसई बोर्ड के 12वीं के परीक्षार्थियन के राहत देत मान लिहलसि कि सीबीएसई एह साल आपन पुरनका मॉडरेशन नीति जारी राखो आ कठिन सवालन का बदले ग्रेस मार्क देवे कै नीति प एह साल कायम रहो.
दिल्ली हाई कोर्ट के प्रभारी मुख्य न्यायाधीश गीता मित्तल आ न्यायाधीश प्रतिभा एम सिंह के बेंच एगो गार्जियन आ वकील का तरफ से दायर लोकहित याचिका में कइल एह बाबत निहोरा के मान लिहलसि. निहोरा करे वाला के कहना रहल कि एह साल एह नीति में कवनो बदलाव कइला से परीक्षार्थियन का सोझा कई तरह के नया परेशानी खड़ा हो जाई खास क के ओह विद्यार्थियन ला जो विदेश जाए के सोचले बाड़ें.
हँ, अदालत सीबीएसई से ई सवाल जरुरे कइलसि कि अगिला साल से एह नीति में बदलाव करे में का परेशानी बा. काहे कि एह साल के परीक्षा के परिणाम त अब जारी होखे वाला बा.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।