सीमा सिंह करीहें सुस्मिता सेन जइसन किरदार

सिनेमा भोजपुरी के डांसिंग क्वीन सीमा सिंह राजकुमार पाण्डेय निर्देशित भोजपुरी फिल्म ‘नागिन’ में वइसने महिला शिक्षिका बनल बाड़ी जइसन भूमिका सुस्मिता सेन फिल्म ‘मैं हूं ना’ में निभवले रही. अपना एह फिल्म से सीमा सिंह बहुते उछाह में बाड़ी.

सीमा सिंह अब बंगलो फिलिमन में आपन आयटम देखावल शुरु कर दिहले बाड़ी. पिछला दिने बंगला फिल्म ‘लट्टू’ खातिर सीमा सिंह कमाल के डांस शूट करवली जवना के जेही देखल सेही लट्टू हो गइल. आशीष रॉय निर्देशित एह फिल्म खातिर कोलकाता में खास सेट लगावल रहे आ हजारों लोग के भीड़ सीमा सिंह के डांस के शूटिंग देखे ला जुटल रहे. एह मौका पर ‘लट्टू’ के नायक सुब्रत दत्ता आ नायिका मेघना बर्मन संगे उर्वशीओ मौजूद रहली. एह बेहतरीन डांस पर निर्देशक आशीष रॉय बहुते खुश लउकत रहलें, कहलें कि अइसन डांसर के सख्त जरूरत बा बंगला सिनेमा में.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..