सीमा सिंह का साथे निरहुआ भाईयन के ठुमका

भोजपुरी फिल्मोद्योग के चर्चित निरहु्आ ब्रदर्स, माने कि दिनेशलाल यादव आ प्रवेश लाल यादव, अब स्टार आयटम बाला सीमा सिंह का साथे भोजपुरी फिल्म आज के करन अर्जुन में ठुमका लगावत नजर आवे वाला बाड़न. फिल्म का एगो गाना में कबो दुनु भाई सीमा के अपना इशारा पर नचइहें त कबो सीमा का इशारा पर नचबो करीहें.

Nirahua brothers with Seema Singh

आज के करन अर्जुन फिल्म के निर्माता अभय सिन्हा अउर टीपी अग्रवाल, आ निर्देशक हैरी फर्नाण्डीज हउवें. फिल्म के कलाकारन में दिनेशलाल यादव, पाखी हेगडे, प्रवेशलाल यादव, कृषा खण्डेलवाल का साथे टीनू वर्मा आ किरणो कुमार शामिल बाड़े.


स्रोत : प्रशान्त निशान्त

1 Comment

Leave a Reply to viraj kumar rastogi

Your email address will not be published. Required fields are marked *