पंकज केसरी नालायक हो गइलन

भोजपुरी सिनेमा के स्टार पंकज केसरी श्रीती फिल्म्स का बैनर में बनत भोजपुरी फिलिम नालायक के टाइटिल किरदार निभावत नजर आवे वाला बाड़न. निर्मात्री फुलमति जायसवाल के एह फिल्म के निर्देशन रामाश्रय गुप्ता करत बाड़े. फिल्म के शुरुआत पिछला दिने मुंबई के ट्रीनिटी रिकार्डिंग स्टूडियो में एगो गाना के रिकार्डिंग का साथे भइल.

Nalayak muhurt

गाना कुद्दुस कान के लिखल बा आ संगीत दे रहल बाड़े गणेश पाण्डेय. गायिका रहली इन्दु सोनाली. फिल्म के कलाकारन में पंकज केसरी, मोनालिसा, कल्पना शाह, जय सिंह वगैरह शामिल बाड़े.


(स्रोत : प्रशान्त निशान्त)

0 Comments

Recent Posts