सीमा सिंह के ‘जानी दुश्मन’

सिनेमा भोजपुरी के नाचत गुड़िया सीमा सिंह के बेवहार अइसन ह कि उनुका के केहु दुश्मनी काहे करी. बाकिर कहे वाला त कहबे करीहें. ख़बर बा कि सीमा सिंह अब निर्देशक जगदीश शर्मा के फिलिम ‘जानी दुश्मन’ में अपना चाहे वालन के आपन नया लटका झटका देखइहें. फिलिम के शूटिंग पूरा हो गइल बा आ सीमा सिंह क आयटम नम्बर एकर सबले बड़ खासियत बतावल जात बा.

सुपर स्टार पवन सिंह आ पाखी हेगड़े अउर सुशील सिंह के मुख्य भूमिका वाली एह फिलिम के निर्देशक हउवें जगदीश शर्मा.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..