सीमा सिंह के मातापिता के सम्मानित कइल गइल

बेटी के बढ़िया काम खातिर उनुका माई बाबूजी के सम्मानित करे के परम्परा सिनेमा जगत में देखे के ना मिले. बाकिर पहिला बेर डांसिंग क्वीन सीमा सिंह के माता पिता के एगो रियलटी शो में सम्मानित कइल गइल. भोजपुरी सिनेमा में डांसिंग क्वीन के अवार्ड पा चुकल सीमा सिंह के पिता राज कुमार सिंह आ माई नर्मदा सिंह के सम्मान पिछला दिने डांस शो ‘नाच नचईया धूम मचईया’ के सेट पर कइल गइल. सीमा सिंह के पिता राज कुमार सिंह टाईम्स ऑफ इंडिया के प्रिंटिंग विभाग में काम करेले आ माई नर्मदा सिंह सामान्य गृहिणी हई. माई बाबूजी के अपना एह बेटी पर गर्व बा जे अपना बल पर आपन जगहा बनवलसि.

सीमा सिंह आजुकाल्ह टीवी शो ‘नाच नचईया धूम मचईया’ में आपन अलगा पहचान बनावत बाड़ी. कहली कि जब अचके में उनुका माई बाबुजी के स्टेज पर ला खड़ा कइल गइल त ऊ चउँक गइली. गजब के सरप्राईज रहल ई सीमा खातिर. सीमा सिंह अपना डांस कला के प्रदर्शनो मम्मी पापा का सोझा कइली. जवना का बाद सभे जोरदार ताली बजा के सीमा सिंह के वाहवाही कइल. सौ से बेसी भोजपुरी फिलिमन में आयटम नंबर कर चुकल सीमा सिंह आजु हर निर्माता-निर्देशक के पसंद बन गइल बाड़ी. आ एक तरह से ई उनुके सम्मान रहल जब उनुका माई बाबूजी के सम्मानित कइल गइल.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।