सीमा सिंह के रंगबाजी

भोजपुरी सिनेमा के डांसिंग गर्ल सीमा सिंह फिल्म “रंगबाज” खातिर जवन आयटम नम्बर कइले बाड़ी ओकर डांस स्टेप अतना कमाल के बा कि सभे कहत बा कि एह नम्बर के ढेर दिन ले याद राखल जाई. सीमा सिंह एह फिल्म में दू गो आयटम कइले बाड़ी जवना में एगो के बोल ह, “हमार जवानी माँगे लें”. एह गाना के सफलता के आलम ई बा कि लोग एकरा के दनादन अपना मोबाइल पर डाउनलोड कइले जात बा. निर्मात निर्देशक शिवराम यादव के कहना बा कि सीमा एह गाना में बिजुरी गिरा दिहले बाड़ी. लोग उनुका के बतावत बा कि एह जवानी का आगा शीलो के जवानी पानी भरी.

एसीसी डिजिटल प्रा॰लि॰ कंपनी के बनावल एह फिल्म में हैदर काजमी आ रानी चटर्जी मुख्य कलाकार बाड़े आ साथ में नीलिमा सिंह, बृजेश त्रिपाठी, माया यादव, आ अनिलो यादव के खास भूमिका बा. हैदर काजमी जइसन एगो नया दमदार एक्टर भोजपुरी सिनेमा में आइल बा आ निर्देशक शिवराम यादव के काम के तारीफो खूब होत बा.


(स्रोत – शिवराम यादव)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।