सीमा सिंह के लहँगा सात लाख के


भोजपुरी फिल्म “जंग” में आयटम डान्सर सीमा सिहं के किरदार देख के सभे दंग रह जाये वाला बा. उनकर डांस त जानमार बड़ले बा उनकर लहँगो निर्माता के जाने ले लिहले होखी. काहे कि ओह लहँगा के बनावे में बारह दिन लागल कारीगरन के आ दाम पड़ल सात लाख ! पिछला दिने जब मुंबई का मदर नेचर स्टूडियो में एह आयटम डांस के शूटिंग भइल त जेही देखल से हि वाह वाह कर उठल. एह डांस के नृत्य निर्देशिका रेशमा खान अतना बढ़िया से फिल्मवले बाड़ी कि दर्शको वाह वाह कर उठीहें. सभका “शीला के जवानी” याद आवे लागी. “जंग” के निर्माण कुसुम धानुका करत बाड़ी आ निर्दशन प्रशान्त नन्दा के बा. सीमा सिंह कहलि कि एह आयटम डांस के दर्शको बहुत पसन्द करीहें काहे कि डाँस अतना बढ़िया बनल बा कि सभले डँस ली ! दोसरे एह डाँस खातिर निर्माता दिल खोल के खर्च कइले बाड़ी. देखल जाव भोजपुरी सिनेमा के बिजुरिया सीमा सिंह के ई डांस दर्शकन के कतना डँसत बा.
(स्रोत – शशिकांत सिंह)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।