सीमा सिंह खेसारीलाल यादव संगे डांस कइली

SeemaKhesariसिनेमा भोजपुरी के डांसिंग क्वीन सीमा सिंह आ खेसारीलाल यादव के डांस जलवा रउरा सभे देखब निर्देशक मंजुल ठाकुर के फिलिम में. पिछला दिने एह फिलिम ला सीमा सिंह एगो खास आयटम नंबर खेसारीलाल यादव संगे कइली. एह ला राजपिपला में बाकायदा एगो सेट लगावल रहे. खेसारी के डांस के बड़ाई करत सीमा सिंह कहतारी कि ऊ कमाल के अभिनेता आ डांसर हउवें. कहली कि वइसे त नायक लोग संगे नाचे के मौका कमे मिलेला काहे कि अधिकतर आयटम नम्बर खलनायकन साथे कइल जाला.

एह फिलिम में खलनायक बाड़न संजय पांडे.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।