सीमा सिंह निरहुआ साथे फेरू अइहें

सिनेमा भोजपुरी के डांसिंग क्वीन सीमा सिंह अब माथस्टार दिनेश लाल यादव संगे ‘दूध का कर्ज’ फिलिम में नजर अइहें. एह फिल्म ला एगो धाँसू आयटम नंबर सीमा सिहं पर पिछला दिने फिल्मावल गइल. निर्माता आलोक कुमार आ निर्देशक हिमांशु के एह फिल्म खातिर ई आयटम नंबर मुंबई के मड आईलैंड में फिल्मावल गइल. दिनेशलाल यादव संगे काम करे के सीमा सिंह पूरा उछाह में बाड़ी.

सीमा एकरा अलावे निर्देशक बाली के ‘इज्ज़त’ फिलिमो में बाड़ी जवना के नायक बाड़न दिनेश लाल यादव ‘निरहुआ’.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा के रपट)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..