सीमा सिंह बनली चिकनी चमेली

कैटरीना कैफो के टक्कर देबे अब आवत बाड़ी भोजपुरी के डांसिंग क्वीन सीमा सिंह चिकनी चमेली बनि के. एह भोजपुरिया चिकनी चमेली सीमा सिंह के डांस ब्लास्ट ग्रीन चिली इंटरटेनमेंट के बनावल भोजपुरी फिल्म ‘गोला बारूद’ में देखे के मिली.

सीमा सिंह का ऊपर चिकनी चमेली से मिलत जुलत गाना मुंबई के चांदीवली स्टूडियो में भव्य सेट लगाके शानदार तरीका से फिल्मावल गइल. एह डांस में नाहियो त दू सौ से बेसी डांसर शामिल रहले. आ इंडस्ट्री के तमाम दिग्गज ‘गोला बारूद’ के शूटिंग बेरा सीमा सिंह के डांस जलवा देखे मौजूद रहले.

एहमें वितरक प्रदीप भइया, निर्माता हरीश जायसवाल, प्रमोद शास्त्री, हरीश गुप्ता, निर्देशक असलम शेख, रमाकांत प्रसाद आ बाला भाई सहित तमाम लोग शामिल रहे. गाना के बोल रहे ‘चिकनी सड़क पे लौण्डा दिवाना, शॉट मारे….शॉट मारे….शॉट मारे….’ आ फिल्मावल गइल सीमा सिंह, मनोज टाईगर अउर अवधेश मिश्रा पर. नृत्य निर्देशक रहले पप्पू खन्ना. कार्यकारी निर्देशक हउवे आनन्द श्रीवास्तव.

एह गाना खातिर सीमा सिंह अतना मेहनत कइली कि उनुकर पूरा पीठ छिला गइल. करीब पाँच दिन ले चलल एह शूटिंग में भोजपुरिया चिकनी चमेली खातिर 30 लाइट आ जिमी जिप कैमरा के इस्तेमाल कइल गइल. सीमा सिंह खातिर खास तौर पर मराठी ड्रेस डिजाइन करावल रहे जवना के दाम लाखों में बतावल गइल. मानल जात बा कि फिल्म ‘गोला बारूद’ में सीमा सिंह के ई डांस ब्लास्ट देखेवालन के दिवाना बना दी.


(शशिकांत सिंह के भेजल रपट)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।