सीमा सिंह ला दस लाख लगा के फिल्म सिटी में सेट बनल

भोजपुरी डांसिंग क्वीन सीमा सिंह ला पिछला दिने फिल्म सिटी स्टूडियो में एक शानदार सेट लगावे में निर्माता पूरे दस लाख खरच कर दिहले. फिलिम के नाम ह ‘एक लैला तीन छैला’. एह सेट पर सीमा सिंह नंबर वन खलनायक संजय पांडे आ एक सौ डांसरन संगे ठुमका लगवली. एह सीन में सीमा सिंह के चांद से उतरत देखावल गइल बा. सीमा सिंह के कास्ट्यूमो पर भारी भरकम रकम खरच भइल बा. उनुका कास्ट्यूम में स्पेशल लाइटिंग लगावल गइल बा.

जिमी जिप कैमरा के मदद से एह गाना के फिलिमवले चर्चित निर्देशक कानू मुखर्जी. फिल्म के निर्देशक शाद कुमार हउवें. जवना गाना पर सीमा सिंह डांस कइली ऊ कल्पना के गावल ह. आ गाना के बोल ह ‘ईंट कऽ भट्टा बा हमरी जवनिया’. सेट पर ईंट के भट्ठो देखावल गइल बा.

एह भारी भरकम रकम के खरचा पर खुद निर्देशक शाद कुमार के कहना बा कि ई त गाना के जरूरत रहुवे जवना के हमनी का पूरा कइनी जा.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।