सीमा सिहं के आयटम शतक

भोजपुरी सिनेमा के सनसनी सीमा सिंह एगो नया रिकार्ड बना दिहले बाड़ी आयटम सांग के शतक बनावे के. सीमा सिंह भोजपुरी के पहिला आयटम डांसर हई जिनकर आयटम वाली फिल्म एक सौ बन गइली सँ. तीने साल में सौ फिल्म में आयटम नम्बर देबे के रिकार्ड बनावे वाली सीमा सिंह के आयटम शतक वाली फिल्म रहल “इंसाफ” जवना में मेगा स्टार मनोज तिवारी आ सुपर स्टार पवन सिंह मुख्य भूमिका में बाड़े. सीमा सिंह के आयटम वाली हर फिल्म सफल साबित भइल बा.

सीमा सिंह के आयटम के शतक के शूटिंग मुंबई के एगो स्टूडियो का सेट पर भइल जहाँ इन्डस्ट्री के तमाम दिग्गज मौजूद रहलन. “इंसाफ” के निर्माता हउवें मशहूर अभय सिन्हा. सीमा सिंह आजुवो सबसे बेसी आयटम नंबर कर रहल बाड़ी. हर निर्माता सीमा सिंह के लकी माने ला आ सीमा सभकर पसंदीदा आयटम डांसर हो गइल बाड़ी. आ कमोबेस हर भोजपुरी फिल्म में सीमा के जलवा देखे के मिल रहल बा.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।