सीसीएल का मैच खातिर पुणे में ‘भोजुपरी दबंग’ के टक्कर बा ‘तेलगू वेरियर’ से

praveshlal-ccl‘चेन्नई रियोंस’ आ ‘केरला स्ट्राईकर’ जइसन मजबूत टीम के हरवला का बाद आ वीर मराठा से हरला का बाद आजु 3 मार्च के ‘भोजुपरी दबंग’ टीञ पुणे में ‘तेलगू वेरियर’ से टकराए वाली बिया. आजुवे ‘वीर मराठा’ हिन्दी फिल्मसितारन के टीम ‘मुम्बई हीरोज’ से पुणही में होखे वाला दोसर मैच में टकराई.

‘भोजपुरी दबंग’ आ ‘वीर मराठा’ दुनु ला पुणे के मैच में करऽ भा मरऽ वाला हाल होखी. आजुए तय हो जाई कि 9 मार्च के होखेवाला सेमीफाइनल में कवन-कवन टीम खेलीहें स. अगर ‘वीर मराठा’ आजु ‘मुम्बई हीरोज’ से हार जात बा त सेमी फाइनल में ना चहुँपी. सेमी फाइनल में खेले ला ‘भोजपुरी दबंग’ के आपन मैच ‘तेलगू वेरियर’से जीते के पड़ी.


(शशिकांत सिंह)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।