सुतवला का बाद रोटी त देला बॉलीवुड – कहली सरोज खान


मुंबई 25 अप्रैल. बॉलीवुड का बारे में हमेशा से कहल जाला कि एहिजा सिनेमा का चकाचौंध से अन्हरा के चहुँपल लोग के जम के शोषण होला. आ खाली हीरोइने बने के चाहत राखे वाली लड़िकियने के ना हीरो बने के तमन्ना ले के आइल चॉकलेटी लड़िको लोग के निर्माता निर्देशक लोग के बिस्तर गरम करे के पड़ेला. काल्हु बॉलीवुड के मशहूर नृत्य गुरु एह बात के सही साबित करत कह दिहली कि अइसन त हर जगहा होखेला. बॉलीवुड त कम से कम सुतवला का बाद रोटी त दे देला. अब ई ओह लड़िकी लोग पर बा कि अपना सफलता के सपना साँच करे के कतना आ कव हाली कीमत दीहें. केहू एहिजा जबरदस्ती ना करे.
आजु रॉकस्टार रणबीर कपूर के कहल सामने आइल बा कि दोसरा का बारे में नइखन जानत बाकिर उनुका कबो एह कास्टिंग काउच पर सूते नइखे पड़ल. हालांकि रणबीर कपूरइहो कहलन कि अगर अइसन होखेला त ई बहुते दुर्भाग्य वाली बात बा.
बात बात प प्लेकार्ड लेके फोटो खिंचवावे वाला बॉलीवुड गिरोह के काल्हुए से ठकुआ मरले बा आ अबहीं ले केहू सामने नइखे आइल जे खुल के सरोज खान के बयान के निंदा करो भा कास्टिंग काउच का खिलाफ कैन्डिल मार्च निकालसु.
एगो मशहूर शेर में कुछ फेर बदल कहि के कहल जा सकेला कि – ये स्टारडम नहीं आसाँ, एक सेक्स का दरिया है और डूब के जाना है.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *