सुदीप पाण्डेय के बलवा के संगीत मुहुर्त

विश्चकर्मा आर्ट फिल्म्स आ व्याहित फिल्म्स इंटरटेनमेट के बैनर मे बने वाली भोजपुरी फिल्म बलवा के सगीत मुहुर्त हालही में मुंबई के जीप ट्रेक स्टूडियो में करावल गइल. फिल्म के कहानी एगो साँच घटना पर आधारित बतावल जा रहल बा. फिल्म के शूटिंग बिहार में करावल जाई.

निर्माता राधे शर्मा आ अरुण कुमार प्रसाद के कहना बा कि एह फिल्म मे देखावल जा रहल बा कि अत्याचार का खिलाफ होखे वाली लड़ाई के कइसे जीतल जाव. नौ गाना वाली एह फिल्म के गीत श्याम देहाती, फणींद्र राव, आ विंध्या शुक्ला के लिखल बा. संगीत दिहले बाड़न अमन श्लोक आ प्रदीप रंजन. गायक लोग में मोहम्मद अजीज, रिम नुपुर आ सुमीत बाबा के नाम बा. राम अनुग्रह झा एकर निर्देशन करीहें.

फिल्म के खास कलाकारन में सुदीप पाण्डेय, कुणाल सिंह, सुमित बाबा, प्रिया शर्मा, अरुण कुमार, पृश्वी सिंह, हीरालाल याद, गोविन्द पाठक, शिवम, महेश राज, संतोष शुक्ला आ समीर शेख वगैरह.


(स्रोत – संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।