सुदीप पाण्डेय के मिलल दू गो अवार्ड

सिनेमा भोजपुरी के एक्शन सितारा सुदीप पाण्डेय क पिछला दिने दू गो अवार्ड से सम्मानित कइल गइल. आर. के. एक्सलेंस अवार्ड में भोजपुरी के सर्वश्रेष्ठ अभिनेता के अवार्ड मशहूर संगीतकार श्रवण के हाथे आ आप की आवाज प्रेस मीडिया अवार्ड में सर्वश्रेष्ठ डायनामिक भोजपुरी अभिनेता क पुरस्कार दिहल गइल. सुदीप पाण्डेय भोजपुरी फिलिमन में लगातार अपना सफलता के डंका बजावत रहेलें.

सुदीप पांडे के जल्दिए रिलीज होखे वाली फिलिम हवे ‘कसम तिरंगा के‘ आ ‘गजब सिटी मारे सईयां पिछवाडे़’.


(प्रशान्त निशान्त के रपट)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..