सुदीप पाण्डेय के मिलल दू गो अवार्ड

सिनेमा भोजपुरी के एक्शन सितारा सुदीप पाण्डेय क पिछला दिने दू गो अवार्ड से सम्मानित कइल गइल. आर. के. एक्सलेंस अवार्ड में भोजपुरी के सर्वश्रेष्ठ अभिनेता के अवार्ड मशहूर संगीतकार श्रवण के हाथे आ आप की आवाज प्रेस मीडिया अवार्ड में सर्वश्रेष्ठ डायनामिक भोजपुरी अभिनेता क पुरस्कार दिहल गइल. सुदीप पाण्डेय भोजपुरी फिलिमन में लगातार अपना सफलता के डंका बजावत रहेलें.

सुदीप पांडे के जल्दिए रिलीज होखे वाली फिलिम हवे ‘कसम तिरंगा के‘ आ ‘गजब सिटी मारे सईयां पिछवाडे़’.


(प्रशान्त निशान्त के रपट)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।