सुदीप पाण्डेय से भ्रष्टाचार निवारण ब्यूरो पूछताछ कइलसि

हाल में प्रेस रिलीज जारी भइल रहुवे जवना में कहल गइल रहे कि भोजपुरी में निर्देशक डा॰राजकुमार चौधरी “अन्ना के आंधी” नाम के फिल्म बनावे जात बाड़े जवना के मुख्य अभिनेता रहीहें सुदीप पाण्डेय. एगारह अक्टूबर के रात में सुदीप पाण्डेय के एंटी करप्शन ब्यूरो उनुका घरे से क्राफोर्ड मार्केट में अपना क्राइम ब्रांच विभाग में ले जाके पूछताछ कइलसि आ अगिला दिने बारह बजे उनुका के छोड़ल गइल. अबही ई केहू नइखे बतावत कि सुदीप पाण्डेय के एसीबी काहे ले गइल रहे. का एह चलते कि ऊ बिहार के हउवें आ कि एह खातिर कि ऊ “अन्ना के आंधी” के नायक बने जात बाड़न ?

सुदीप पाण्डेय बेसी कुछ नइखन बतावत बाकिर कहलन कि पुलिस केहू से पूछताछ कर सकेले आ हर आदमी के चाहीं कि पुलिस से सहयोग करें, चाहे ऊ आम आदमी होखे भा कवनो सिनेमा स्टार, काहे कि ई सब कुछ आम आदमी के सुरक्षा खातिर कइल जाला. बाकिर इहो कहलन कि पुलिसिया पूछताछ उनका खातिर कवनो डरावना सपना जइसन रहुवे जवना के ऊ जिनिगी भर ना भुला पइहें.


(स्रोत : संजय शर्मा, खजाना विजन)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।