सुदीप पाण्डे के ‘‘पुलिस फाइल्स’’

भोजपुरी सिनेमा के एक्शन सितारा सुदीप पाण्डे 12 मार्च से रिलांयस के चैनल “बिग मैजिक” पर अपराध के पड़ताल करत लउकीहें. बिग मैजिक के शो ‘‘पुलिस फाइल्स’’ के सुत्रधार बाड़न सुदीप पाण्डे. ई शो बिग मैजिक पर 12 मार्च से सोमार से बियफे के रोज रात नौ बजे से देखावल जाई. एह शो में बिहार, यु॰पी॰ आ उत्तराखण्ड से जुड़ल अपराधन के कहानी देखावल जाई.

एह बीच सुदीप पाण्डेय आजु काल्हु अपना नयकी भोजपुरी फिलिम ‘‘खुनी दंगल’’ के शुटिंग में व्यस्त बाड़न.


(प्रशांत निशांत के रपट से)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..