सुदीप पाण्डे के ‘‘पुलिस फाइल्स’’

भोजपुरी सिनेमा के एक्शन सितारा सुदीप पाण्डे 12 मार्च से रिलांयस के चैनल “बिग मैजिक” पर अपराध के पड़ताल करत लउकीहें. बिग मैजिक के शो ‘‘पुलिस फाइल्स’’ के सुत्रधार बाड़न सुदीप पाण्डे. ई शो बिग मैजिक पर 12 मार्च से सोमार से बियफे के रोज रात नौ बजे से देखावल जाई. एह शो में बिहार, यु॰पी॰ आ उत्तराखण्ड से जुड़ल अपराधन के कहानी देखावल जाई.

एह बीच सुदीप पाण्डेय आजु काल्हु अपना नयकी भोजपुरी फिलिम ‘‘खुनी दंगल’’ के शुटिंग में व्यस्त बाड़न.


(प्रशांत निशांत के रपट से)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।