सुनील के दबंगई अब भोजपुरीओ फिलिम में

SunilJhaमूल रूप से बिहार के रहवईया आ दक्षिण भारतीय फिलिमन के मशहूर खलनायक सुनील झा के दबंगई अब भोजपुरी फिलिम ‘भउजी आई हमार अंगना’ में देखे के मिली.

सुनील कन्नड़ भाषा में दक्षिण के दर्शकल के मनोरंजन ला एक से बढ़ के एक फिलिम आ अलबम दिहले बाड़न. सुनील बतवले कि जब निर्देशक रवि एच कश्यप एह फिलिम के बारे में बतवले त ऊ मना ना कर पवलें काहे कि फिलिम ‘नदिया के पार’ के याद ताजा करा दी.

कहल जात बा कि एब फिलिम में सुनील के खतरनाक भूमिका उनका के अब ले के भोजपुरी खलनायकन से बीस साबित करा दी. एह में भोजपुरी हॉट केक अंजना सिंह के भूमिको काबिले तारीफ बा.


(एस एस बेदर्दी)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।