सुप्रीम कोर्ट पुलिसिया कार्रवाई के वीडियो देखी

काल्हु सुप्रीम कोर्ट फैसला लिहलसि कि पाँच अगस्त का दिने ऊ वीडियो फुटेज देखल जाई जवना में बाबा रामदेव का समर्थकन पर भइल दिल्ली पुलिस के कार्रवाई के दृश्य बा. ओह रात नींद में सूतल लोग पर दिल्ली पुलिस हमला बोल दिहले रहल आ बन्द शामियाना में आंसू गैस के गोला तक छोड़ले रहे. कोशिश रहे कि रामदेव के आन्दोलन खतम करवा दिहल जाव. बाबा रामदेव तब सलवार समीज पहिर के भागल चहले बाकिर बाहर रास्ता में उनुकर दाढ़ी धोखा दे दिहलसि आ पुलिस उनुका के पकड़ि लिहलसि.

एह आन्दोलन से भइल किरकिरी का चलते केन्द्र सरकार अब बाबा रामदेव आ उनुका समर्थकन के साख हमेशा हमेशा खातिर खतम कर देबे के तय कर लिहले बिया. काल्हु बाबा रामदेव ई आरोप सरकार पर तब लगवले जब सरकारी कार्रवाई मे ई बाति सामने आइल बा कि बाबा रामदेव के सहयोगी बालकृष्ण फर्जीवाड़ा कर के साँख्ययोग के उपाधि लिहले बाड़े. बालकृष्ण पर पासपोर्ट बनवावे में गड़बड़ी करे के आरोपो लगावल गइल बा. बालकृष्ण अचानक भूमिगत हो गइल बाड़े आ सीबीआई उनुका खिलाफ लुकआउट नोटिस जारी कइले बिया कि ऊ देश के बहरी मत भाग जासु.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।