‘सुरसंग्राम’ के विजेता मोहन राठौड़ो नायक बन गइलें.

मनोज तिवारी, दिनेशलाल यादव ‘निरहुआ’, पवन सिंह आ खेसारीलाल यादव जइसन गायकन के सफल नायक बनला का बाद अब बारी बा मोहन राठौड़ के. महुआ टीवी के सुरसंग्राम के विजेता रहल आ निकहा लोकप्रियता बटोरे वाला गायक मोहन राठौड़ अब पहिला हालि कवनो फिलिम में मुख्य नायक बन के आवत बाड़े.

नायक बनल मोहन राठौड़ के पहिला भोजपुरी फिल्म ‘लव यू सजना’ बिहार के सिनेमाघरन में 27 जुलाई से रिलीज भइल बा. एह फिलिम में मोहन के किरदार कॉलेज स्टूडेंट के बा आ उनुकर नायिका बनल बाड़ी सुमन झा.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..