सुरेन्द्र मिश्रा अउर रमाकांत प्रसाद मचइहें गदर

सिनेमा भोजपुरी के जानल मानल लेखक सुरेन्द्र मिश्रा अब ‘गदर’ मचइहें आ उहो निर्माता-निर्देशक रमाकांत प्रसाद से मिल के. जी हँ, सुरेन्द्र मिश्रा रमाकांत प्रसाद के अगिलका मल्टी स्टारर फिल्म ‘गदर’ के खाली कहानिये ना ओकर पटकथा आ संवादो लिखत बाड़न. एहसे पहिले ऊ रमाकांत प्रसाद के ‘लड़ाईला अंखिया ओ लवंडे राजा’ अउर ‘खून पसीना’ लिखले रहले आ दुनु फिलिम खूब हंगामा मचवली सँ. सुरेन्द्रे मिश्रा रमाकांत प्रसाद के ‘जानवर’फिलिमो लिखत बाड़न.

‘गदर’ ले के उत्साहित सुरेन्द्र मिश्रा नाहियो त आठ गो हिंदी फिलिमन के गीत, २५ से अधिका एलबम आ तीस गो से बेसी भोजपुरी फिलिमन के कहानी लिख चुकल बाड़न, कथा पटकथा आ संवाद लिखे में सुरेन्द्र मिश्रा के बहुते नाम बा. उनुकर लिखल फिलिमन के फेहरिस्त में शामिल बाड़ी सँ ‘प्यार जिन्दगी है’, ‘हमदम’, ‘मनोरमा 60 फिट अण्डर’ जइसन फिलिम के गीत, ‘ओढ़निया कमाल करे’, ‘देवा’, ‘पांडव’, ‘कहां जईबा राजा नजरिया लड़ाई के’, ‘खिलाड़ी नम्बर वन’, ‘मर्द नम्बर वन’, ‘बिदाई’’, ‘धरमवीर’, ‘परिवार’, ‘बृजवा’, ‘खटाईलाल मिठाईलाल’, ‘चंदू की चमेली’, ‘हो गईली दिवाना तोहरे प्यार में’, ‘रंगीला बाबू’, ‘दुल्हा अलबेला’, ‘किशन अर्जुन’, ‘कर्तव्य’, ‘कुरुक्षेत्र’, ‘छोटका भईया जिन्दाबाद’, ‘मार देब गोली केहू ना बोली’, ‘जरा देब दुनिया तोहरे प्यार में’, ‘धर्मात्मा’, ‘मृत्युंजय’, ‘जाड़े में बलमा प्यारा लगे’, ‘तू ही मोर बालमा’, ‘जंग’, ‘जुदाई’, ‘लड़ाईला अंखिया ओ लवंडे राजा’, ‘एलान बा’ आ हालही में रिलीज फिलिम ‘खून पसीना’. एकरा अलावे आवे वाली फिलिमन में शामिल बाड़ी सँ ‘जानवर’, ‘एक बिहारी सौ पर भारी’, ‘रखवाला’, ‘घात प्रतिघात’, ‘दिल त पागल होला’, ‘चुन्नू बाबू सिंगापुरी’, ‘यादव पान भंडार’, ‘राम बनवले जोड़ी’, ‘ज्वालामंडी’ अउर ‘गदर’.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट से)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।