सुरों का महासंग्राम के आडिशन

– प्रशांत निशांत


७ जनवरी २०१२ का दिने बलिया का आर॰डी॰पब्लिक स्कूल, सुखलपुरा, धरहरा में सबेरे साढ़े एगारह से साँझ चार बजे ले, साते जनवरी के पटना में यशी फिल्म्स एंड टेलीविजन इंस्टीच्यूट, श्रीकृष्णनगर, किदवईपुरी में, आ ओही दिने राँची में सत्यभारती, पुरुलिया रोड पर, आ ९ जनवरी २०१२ का दिने बनारस के पढेरकर स्मृति भवन, गोलघर, मैदागिन चौराहा का लगे करावल जाई.

जमशेदपुर, धनबाद, मुजफ्फरपुर, सिवान, लखनऊ आ गोरखपुर के आडिशन पिछला दिने हो चुकल बा.

एह ऑडिशन में शामिल होखे खातिर उमिर के सीमा बान्हल गइल बा चौदह साल से तीस साल का बीच.

आडिशन में शामिल होखे खातिर प्रतिभागियन के आपन आवासीय प्रमाणपत्र, उमिर के प्रमाण पत्र आ दू गो पासपोर्ट साइज फोटो का साथे आपन रजिस्ट्रेशन करवावे के पड़ी. रजिस्ट्रेशन आडिशन स्थले पर कइल जाई. आवासीय प्रमाणपत्र बिहार, झारखण्ड भा उत्तर प्रदेश के होखे के चाहीं.

पहिला राउण्ड में चुनइला का बाद प्रतिभागियन के फेरू फाइनल राउण्ड पार करे के पड़ी.

1 Comment

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *