सुर संग्राम के फाइनल अधूरा रह गइल

महुआ टीवी के बहुचर्चित शो “सुर संग्राम २” के फाइनल शो काल्हु पटना का गाँधी मैदान में होत रहे. शुरुआत शानदार रहल आ कलाकारन के गायकी आ नृत्य से लोग झूमत रहे. बाकिर कुछ दर्शकन का बवाल का चलते हालात सम्हार से बाहर हो गइल आ कार्यक्रम देखे आइल राज्यपाल देवानंद कुंवर, उप मुख्यमंत्री सुशील कुमार मोदी, मंत्री गिरिराज सिंह आ जनार्दन सिंह सिग्रीवाल समेत सगरी खासमखास लोग के जाये के पड़ गइल. महुआ टीवी के चेयरमैन पी के तिवारीओ चल दिहलें. हालात जब बिगड़ते चल गइल त मजबूरन शो के रोक देबे के पड़ल आ इहो फैसला ना हो सकल कि विजेता के र ही. ममता राउत आ रघुवीर शरण श्रीवास्तव में मुकाबिला रहे आ फैसला लोग के एसएमएस का गिनती से होखे वाला रहे, गायकी भा जज लोग के फैसला से ना. पिछलका बेर के मुकाबिलो अनिर्णित रह गइल रहे आ दुनु प्रतिभागियन के सह विजेता घोषित कर दिहल गइल रहे. पता ना अबकी बेर का होई. चैनल का लगे एसएमएस से होखे वाला फैसला त मौजूदे होई से ओकरा फैसला सुना देबे के चाहीं.

पुलिस एह मामिला में एक दर्जन लोग के पकड़ के पूछताछ कर रहल बिया. महुआ टीवी के कहना बा कि फाइनल के आयोजन फेर से कइल जाई बाकिर दिन आ जगहा अबही तय नइखे.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।