सुशासन बाबू हरदी गुरदी बोल दीहलन


आजु जब सगरी विपक्ष परेशान बा कि साल मौदी का सोझा कवना नेता के खड़ा कइल जाव त घुमा फिरा के बिहार के सीएम नीतीश कुमार के नाम आइए जात बा. बाकि आजु जब पटना के एगो कार्यक्रम में पत्रकार उनुका से एह बारे में पूछलन त कहलन कि हम अतना बूड़बक ना हईं जतना लोग समुझेला. बाकिर जे लोग हमरा के एह जोग समुझेला ओह लोग के अभिनन्दन करत बानी.

साथही इहो कहलन कि पाँच बरीस पर पहिले मोदी के के जालत रहल बाकि उनुका में बेंवत रहल त बनिए गइलन.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।