सुशील आ राहुल स्वर्ण पदक जीतलें, बबीता के मिलल रजत


गोल्ड कोस्ट, 12 अप्रैल (वार्ता). 21वां राष्ट्रमंडल खेलन के कुश्ती प्रतियोगिता में बियफे का दिने भारत आपन धमाकेदार शुरूआत कइलसि आ स्टार पहलवान सुशील कुमार (74 किग्रा) अउर राहुल अवारे (57किग्रा) देश के स्वर्ण पदक दिअवलें जबकि बबीता कुमारी फोगाट (53 किग्रा) रजत पदक आ किरण (76किग्रा) कांस्य पदक जीतली.
सुशील अउर राहुल के स्वर्ण पदकन के मिला के गोल्ड कोस्ट में भारत के अब 14 गो स्वर्ण पदक हो गइल बा आ ऊ पदक तालिका में तीसरा स्थान पर बरियार हो गइल बा. पिछला बेर के ग्लास्गो राष्ट्रमंडल खेलन में मिलल कुल 15 गो स्वर्ण पदकन से अब ऊ बस एके पदक पीछे बा आ कई गो मौका बाकी बा.
सुशील फाइनल में दक्षिण अफ्रीका के बोथा जोहानेस के महज 80 सेकंड में 10-0 से हरा के राष्ट्रमंडल खेलन में आपन स्वर्णिम हैट्रिक पूरा कर लिहलें. एहसे पहिले सुशील 2010 दिल्ली राष्ट्रमंडल खेलन के 66 फ्री स्टाइल वर्ग में आ 2014 ग्लास्गो राष्ट्रमंडल खेलन के 74 किग्रा वर्ग में स्वर्ण पदक जीतले रहलें.
लगातार दू बेर ओलंपिक के पदक विजेता सुशील फाइनल मैच में मैट पर आवते बोथा का खिलाफ 6-0 के शुरूआती बढ़त बना लिहलें आ फेर उनुका के पूरा तरह काबू करत आपन स्कोर पहिले 8-0 आ फेरु 10-0 क लिहलें आ बिना पसीना बहवले 80 सेकंड में स्वर्ण पदक भारत का झोरा में डाल दिहलें. सुशील अजना तेजी से मुकाबला खतम कइलें कि देखहूँ वाले ठकुआ के रह गइलें.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *