सु्प्रीम कोर्ट खारिज कर दिहलसि मायावती पर फेर से मुकदमा खोले के याचिका

उत्तर प्रदेश की पूर्व मुख्यमंत्री आ बसपा सुप्रीमो मायावती का खिलाफ आमदनी से अधिका के संपति होखे के मुकदमा फेर से खोलवावे के याचिका सु्प्रीम कोर्ट में खारिज हो गइल. एह फैसला का बाद मायावती के बहुते राहत मिलल होखी बाकिर अब कांग्रेस खातिर समस्या पैदा हो सकेला काहे कि अब मायावती के अंकुसा लगावे लायक कवनो मुकदमा नइखे ओकरा लगे. ई बड़ा अचरज के बात बावे कि एक दोसरा से लगातार प्रतिद्वन्द्विता करत बसपा आ सपा दुनु केन्द्र सरकार के समर्थन में बाड़ी सँ. अब उमेद कइल जा सकेला कि केन्द्र सरकार के परेशानी बढ़े के समय आ गइल बा.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।