सेंसेक्स भइल 37 हजारी, निफ्टिओ रिकॉर्ड स्तर पर


मुंबई 26 जुलाई (वार्ता). अर्थव्यस्था का बारे में निवेशकन में बनल सकारात्मक धारणा का चलते बैंकिंग, वित्त आ पावर समूह में भइल लिवाली का दम पर सेंसेक्स आजु पहिला बेर 37 हजार अंक के पार पहुँचे में कामयाब रहल आ आखिर में 126.41 अंक के बढ़त लेत 36,984.64 अंक के रिकॉर्ड स्तर पर बंद भइल. नेशनल स्टॉक एक्सचेंज के निफ्टिओ 35.30 अंक के तेजी लेत 11,167.30 अंक के ऐतिहासिक शिखर पर रहल.
बाजार के तेजी में सबले बेसी हाथ बैंकिंग अउर वित्त क्षेत्र के कंपनियन के रहल. भारतीय स्टेट बैंक के शेयर सबले अधिका आ साढ़े पाँच प्रतिशत चढ़ल. पावर आ यूटिलिटीजो में डेढ़ फीसदी के बढ़त रहल. आईसीआईसीआई बैंक आ पावरग्रिड के शेयरो चार फीसदी से अधिका चढ़ले. मारुति सुजुकी अउऱ येस बैंक हालांकि बाजार में दबाव बढ़वलसन आ ओहनी के शेयर साढ़े तीन फीसदी से अधिका टूटले सँ.
विदेशन से मिलत मिलत-जुलल रुख का बीच सेंसेक्स 70.15 अंक के बढ़त लेके 36,928.38 अंक पर खुलल आ पहिलके घंटा में ई 37 हजार अंक का पार चल गइल. पहिला बेर सेंसेक्स एह ऊँचाई के छूवलसि. बाद में उपरि बेरा मुनाफा वसूली का चलते ई 36,852.53 अंक तक नीचे लाल निशान बनावत गिरल बाकिर फेरु बाजार बन्द होखे का पहिलहीं एहमें सुधार भइल आ आखिर में सेसेंक्स आ निफ्टी दुनु बढ़त ले के बन्द भइली सँ.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।