सेना का बंकर का बीच केहू हमसे जीत ना पाई के शूटिंग

ओह दिन जब मीडिया वालन के एगो दल मुंबई का चांदीवली स्टूडियो चहुँपल त ओहिजा का गार्डन में बनल सेना के तंबु, तोप, आ ट्रेनिंग सेण्टर का बीच होखे वाला शूटिंग के तइयारी देख के लागल कि जेपीदत्ता जइसन कवनो बड़हन फिल्म मेकर के बोर्डर जइसन कवनो फिल्म के शूटिंग देखे चहुँपल बानी जा. सेना के जाबांजी देखल अपना आपे में रोमांचक होला से हमनी सभे एह रोमांच के अनुभूति लेबे खातिर तईयार हो गइनी जा.

ओह समय शाहबाज खान आ अरुण बख्शी के छोड़ सभे सेना के वरदी पहिरले रहे. स्टूडियो में डैम का नगीचे शूटिंग होत रहे जहाँ बदमाशन के जेलखाना बनल रहे जवना में फिल्म के सगरी स्टार बंद रहले. कुछ गुण्डा अयाज खान के पीटत ले अइले आ डायलाग शुरु भइल..

अयाज खान के भीतर अइला पर सेनो के लोग अयाज के पिटाई करे लागत बा त रविकिशन ओकरा के छोड़ावत बाड़न.

सुशील सिंह – आ गइल गद्दार !
राजीव दिनकर – एका मारा !
रविकिशन – ना, ना ए के मत मारा ई गद्दार ना हऽ. ई त हमनिये के आदमी ह जे जासूस बनि के दुश्मन से मिलल रहे आ हमहन के एक एक जानकारी देत रहल,

डायलाग खतम होखते शाहबाज खान चँउक जात बा ‍ अच्छा त, ई गद्दार ह. ए के बाहर निकाला. ए के हम सजा देब.

कुछ गुण्डा अयाज के बाहर निकाल के शाहबाज खान का हवाले कर देत बाड़न आ शॉट ओके हो जात बा. निर्देशक एम आई राज का चेहरा पर संतुष्टि साफे झलकत रहे.

शूटिंग से खाली भइला का बाद रवि किशन कहले कि शूटिंग का दौरान ऊ सीन में डूब जाले तबहिये रिजल्ट मिल पावेला. आखिर हमनी के तीन घंटा दर्शकन के सीट पर बन्हले राखे होला. निर्देशक एम आई राज फिल्म का बारे में बतावत कहले कि एह देश भक्ति वाली फिल्म में रवि किशन फौज के कमांडर ह जे देश के दुश्मनन से लड़े खातिर गाँव वालन के एगो फौज बनावत बा. रिंकू घोष सेना के कर्नल के बेटी हई जे रवि किशन से प्यार करे लागत बाड़ी. बाद में उहो रवि किशन का मिशन में शामिल हो जात बाड़ी आ सभे मिल के दुश्मन के सफाया कर देत बा.

गोरखपुर के डा॰ वजाहत करीम आ डा॰ सुरहित करीम के बनावल एह फिल्म केहू हमसे जीत ना पाईमें सुपर स्टार रविकिशन, रिंकू घोष, सुशील सिंह, मनोज टाईगर, मोहित घई, हितेन्द्र पाण्डे, प्रतिभा पांडे, स्वाति वर्मा, कोमल ढिल्लो, श्रीकंकणी, अयाज खान, अरुण बख्शी, दीपा ग्रेवाल, प्रमिला आ शाहबाज खान के मुख्य भूमिका बा.


(स्रोत – शशिकान्त सिहं, रंजन सिन्हा)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।