सेना बहाली में चंदौली के 360 गो अभ्यर्थी पहिला चरण पार कइलें

गोरखपुर के रजही कैंप में चलत सेना भरती रैली में वाराणसी जोन के बहाली में चंदौली जनपद के 360 गो अभ्यर्थी दौड़ वाली बाधा पार कर गइलें. कुल 9150 नवहियन के टोकन बाँटल गइल रहुवे जवना में से 2550 जने लंबाई के आधार पर छँटा गइले. बाकी बचल लोग के चौवालिस गो टोली बना के दौड़ करावल गइल. एह दौड़ में सफल नवहियन के अब मेडिकल जाँच करावल जाई आ ओहमें सफलता का बाद अगिला 27 अक्टूबर के एह लोग के वाराणसी में लिखित परीक्षा देबे के पड़ी.

अब शुक का दिने देवरिया जनपद के नवहियन के भरती दौड़ होखी.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।