सेना भर्ती मेला 21 नवम्बर से गाजीपुर मे

गाजीपुर 02 नवम्बर (वार्ता) भारतीय थल सेना मे बहाली खातिर एगो भरती मेला 21 नवम्बर से एक दिसम्बर ले उत्तर प्रदेश मे गाजीपुर के पी जी कालेज मैदान मे लगावल जाई.

जिलाधिकारी चन्द्रपाल सिंह रायफल क्लब सभागार मे सेना भर्ती अभियान के बढ़िया से करावे के योजना के समीक्षा करत अधिकारियन के निर्देश दिहलन कि लोक निर्माण विभाग बैरीकेडिग कराई, रोडवेज आ रेलवे अतिरिक्त बस आ ट्रेन चलइहे आ अभ्यर्थियन ला पेयजल के इंतजाम कइल जाई.

जिलाधिकारी कहलन कि कानून व्यवस्था मजगर बनावे ला रेलवे स्टेशन, बस अड्डा आ प्रमुख चौराहन पर निगरानी ला सीसी कैमरा लगावल जाई. कहलन कि समय से पहिले केहू के मैदान में ना घुसे दीहल जाई.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।