सेमीफाइनल में भारत पाकिस्तान के टक्कर

तेंदुलकर, गंभीर, आ युवराज का अर्धशतक का सहारे भारत आस्ट्रेलिया के पाँच विकेट से हरा दिहलसि. मटोरा में होत क्वार्टरफाइनल में मिलल एह जीत का बाद भारत सेमीफाइनल में चहुँप गइल. पाकिस्तान पहिलहीं वेस्ट इण्डीज के हरा के सेमीफाइनल में चहुँप चुकल बा. आ सेमीफाइनल में एही भारत आ पाकिस्तान के भिड़न्त होखे वाला बा. आज आस्ट्रेलिया भारत के गेंदबाजन का प्रभाव में आ के ६ विकेट का नुकसान पर २६० रन बनवले रहुवे. सचिन तेंदुलकर आजु एकदिना मैचन में १८००० रन के आँकड़ा पार कर लिहलन बाकिर आपन सौंवा शतक आजुवो ना लगा पवलन.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..