सेर प तीन सेर

पाकिस्तानी सेना के मिजाज ठिकाने लगावे में लागल भारत के सेना सोमार का दिने ओकर भुरकुच निकालत एगो मेजर समेत सात गो पाकिस्तानी सैनिकन के ठिकाने लगा दिहलसि. पिछलका सरकार में सेना के हाथ बान्हल रहत रहुवे आ ओकरा मजगर जबाब देबे के इजाजत ना मिलत रहुवे. नयकी सरकार एह बारे में सेना के पूरा छूट दे दिहला बिया. एकर फायदा ई भइल बा कि अब पाकिस्तान के हर हरकत के कड़ेर जबाब मिले लागल बा.
भारत के सेना प्रमुख विपिन रावत दिल्ली में सेना दिवस प आयोजित कार्यक्रम में पाकिस्तान का खिलाफ अउरी सख्ती अपनावे के बाति कहलन. शायद एही अनेसा से बँवारा गिरोह के नेता डी राजा इनका बहाली के पुरजोर विरोथ कइले रहलन. पिछला दिने जजन के एगो चौकड़ी के उकसावहुं में उनकर हाथ होखे के अनेसा जतलावल जात बा. हालांकि डी राजा अपना हड़बड़ी में बड़ा मेहनत से तइयार कइल जज विद्रोह के प्लान बिगाड़ दिहलन.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।